Thursday, March 28, 2024
HomeUncategorizedसहोदर भाई : अशोक शेरपुरी द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

सहोदर भाई : अशोक शेरपुरी द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

Published on

  सहोदर भाई

दिनभर बेमतलब
बाजार में बगाइले,
दिनभर के बोझा लेके
ढुल जाले साँझ
रात के पंवदर पर जब
गाँव ओरि जाइले,
त राह में
अहीर के एगो गाँव पड़ेला,
हम राजपूत हईं !
मन में उठेला फारवर्ड-बैकवर्ड बात
भीतरे-भीतरे करिले घात-प्रतिघात।
तले साइकिल खाले हिचकोला
उहाँ से शुरू होला मुसलमान टोला,
त मन मंदिर-मस्जिद में फँस जाला
मुट्ठी हमार तनि देर-ला कस जाला।
नियरा जाला झमटहा बर
जहाँ से चारे लग्गी पर बा
हमार घर
घर !
घर का, बस घर-नियर
दू अलंग से भंसल देवाल
उजड़ल छान
टूटल दुआरी, उछिटल केवारी,
मघ के कसाई रात
सेराइल रोटी
पाला लउका के तरकारी
खा के, हाली-हाली अंचा के
जसहिं करीं दुमुँहा के चउखट पार,
सुनाला
अनपढ़-गँवार
कोठा पर टहलत
ठेकेदार-पटिदार के अचरत ढेकार।
चीना के पुआर
कुचइल लेवा
गुदरी रजाई में घुसिआइले।
देर-ले देह ना गरमाला
घिकुरी-पर-घिकुरी लगाइले
रजाई के छेद परे
ताकिले छान
बेपरद छान-मांहे
लउकेला सोझे
लाँगट-उघाड़ टूअर चान,
त ओह घड़ी हर ऊ अहीर
हर ऊ राजपूत
हर ऊ मुसलमान,
जेकर असहिं बेलंगल भइल बा छान
जेकर चेथड़ी-चेथड़ी भइल बा रजाई,
ऊ लागेला हमरा आपन भाई
आपन…खास…सहोदर भाई।

रचना :अशोक शेरपुरी

Facebook Comments

Latest articles

बिहार दिवस 2024: बिहार की समृद्ध सांस्कृतिक विरासत का जश्न

बिहार दिवस कब मनाया जाता है हर साल 22 मार्च को, भारत का...

पटना में हाई-टेक तारामंडल का निर्माण: बिहार का एक और कदम विकास की ऊँचाइयों की ओर

बिहार के विकास में एक और महत्वपूर्ण कदम बढ़ता जा रहा है, क्योंकि पटना...

बिहार में खुला इंटरनेशनल पोर्ट, लोगों में ख़ुशी के लहर

बिहार में एक नए मील का पत्थर रखने का समय आ गया है, क्योंकि...

More like this

अगर आपके पास कोई नया और इनोवेटिव आईडिया है तो आप बिहार सरकार के स्टार्ट उप निति के अंतर्गत रजिस्ट्रेशन के लिए योग्य...

बिहार स्टार्टअप नीति 2017 के अंतर्गत उद्योग विभाग, बिहार सरकार विकसित बिहार के...

कालिदास रंगालय में दसवें पटना फिल्म फेस्टिवल का आयोजन

पटना के कालिदास रंगालय में आज से हिरावल-जन संस्कृति मंच की ओर से आयोजित...

पटना के सड़कों पर भी दौड़ेगी इलेक्ट्रिक बसें

पटना को 30 इलेक्ट्रिक बसों को चलाने का प्रस्ताव मिला बिहार सरकार ने वायु प्रदूषण...